उत्तरप्रदेश

नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट से 15 जून से उड़िहें जहाज, सुरु म भरिहें 17 उड़ान

नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट से 15 जून 2026 से जहाज उड़ै लगिहें, जेमँ पहिली उड़ान इंडिगो क होई।

नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट सुक्कइ क अधिकारिक तौर प ई जानकारी दिहिस है कि हियाँ से 15 जून 2026 से व्यावसायिक जहाज उड़ै लगिहें। पहिली कमर्शियल उड़ान इंडिगो कंपनी कइ कोती से चलाई जाई। ओकरे तुरंते बाद अकासा एयर अउर एयर इंडिया एक्सप्रेस भी आपन सेवा सुरु करिहें। करीब 70 उड़ानन क परस्ताव पहिलेन मिलि चुका बा, एही तरे एयरपोर्ट मैनेजमेंट कहत है कि जून के आधा बीतते-बीतते जहाज उड़ै क काम सुरु होइ जाई।

यीडा अउर नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट लिमिटेड (नायल) क सीईओ राकेश कुमार सिंह क कहना बा कि नोएडा एयरपोर्ट प कमर्शियल सेवा सुरु करइ बरे हर सम्भव कोसिस कीन जात बा। एयरपोर्ट से जहाज उड़ावै बरे अबहीं तक करीब 70 उड़ानन क परस्ताव मिलि चुके हँ। एसे लगभग सबै बड़े सहरन बरे हियाँ से जहाज मिलि जाइहें। इंडिगो क अलावा अकासा अउर एयर इंडिया एक्सप्रेस क भी परस्ताव एहि उड़ानन बरे बा। उम्मीद बा कि जल्दीय हियाँ से जहाज आसमान म देखाइ देइहें।

सुरु म उड़िहें 17 जहाज

हवाई जहाज कंपनीन सुरु म एयरपोर्ट से 17 उड़ान सुरु करइ क परस्ताव राखिन है। मंजूरी मिलइ क बाद अब टिकट बुकिंग सेवा सुरु करइ क प्रक्रिया क भी आखिरी रूप देइ क निर्देश दइ दीन गय हैं।

28 मार्च क भवा रहा उद्घाटन

बीत गय 28 मार्च क प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी क हाथन एयरपोर्ट क उद्घाटन होइ चुका बा। हियाँ घरेलू अउर कार्गो टर्मिनल बनि क तैयार बा। पहिले चरण म एयरपोर्ट क 1334 हेक्टेयर म पूरा कीन गवा बा। एमे 3900 मीटर लम्बा रनवे, यात्री टर्मिनल, एटीसी अउर कार्गो हब सामिल बा।

सरकार क झोरी भरिहै

नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट म यात्रियों क विस्वस्तरीय सुविधा मिलइ क साथे-साथ ई सरकार क कमाई क बहुत बड़ा जरिया बनिहइ। नायल (NIAL) क हर यात्री प करीब 496 रुपय क कमाई होई। अंदेशा बा कि अगले 30 सालन म एहि एयरपोर्ट से कुल कमाई एक लाख करोड़ रुपय तक पहुँचि सकत है। एयरपोर्ट प्रोजेक्ट क नाते आस-पास क इलाकन म जमीन क माँग बहुतै तेज बढ़ि गयी बा।

उम्मीद से बढ़िके नीक नतीजा आए

यीडा क सीईओ आरके सिंह बताइन कि नोएडा इंटरनेशनल एयरपोर्ट क साथे यमुना सिटी क्षेत्र क विकास बहुतै तेज भवा बा। जे मनई खाली जमीन लेके काम नाहीं करत रहिन, उन प कड़ाई करइ क बहुतै नीक नतीजा सामने आवा बा। विस्वस्तरीय सुविधान वाला ई एयरपोर्ट साल 2060-61 तक एक लाख करोड़ रुपय क आय वाला केंद्र बनि जाई।

Related Articles

Back to top button