मनोरंजन

का हवें दुआ लीपा के पति कैलम टर्नर? 2 साल बाद सिंगर गुपचुप कइलीं बियाह

दू साल तक एक-दूसर के साथ रहे के बाद ब्रिटिश-अल्बानियाई सिंगर दुआ लीपा अब बियाह कइ लिहिन। ऊ 31 मई 2026 के लंदन के ओल्ड मैरीलेबोन टाउन हॉल में अपने खास दोस्तन अउर परिवार के लोगन के मौजूदगी में अपने मंगेतर कैलम टर्नर के साथ शादी के बंधन में बंध गईं। दुनू जने के बियाह के फोटो सोशल मीडिया पर खूब वायरल होत बा, जवना के देख के फैंस ई जाने खातिर बेताब बाड़न कि आखिर दुआ लीपा के पति कैलम टर्नर कवन हवें अउर ऊ का करेलन।

कौन हवें दुआ लीपा के पति कैलम टर्नर?

15 फरवरी 1990 के हैमरस्मिथ में जनमल अउर लंदन के चेल्सी में पलल-बढ़ल कैलम टर्नर पेशा से एक ब्रिटिश एक्टर हवें। ऊ अपने करियर के सुरुवाती दिनन में फैशन मॉडल रहलन। साल 2010 में ऊ कइगो जूता के ब्रांड खातिर मॉडलिंग कइलन। ओकरे बाद ऊ ‘थिंक ऑफ इंग्लैंड’ नाम के एगो छोट स्टूडेंट फिल्म से एक्टिंग में हाथ आज़मावलन। दुआ लीपा के पति कैलम टर्नर टीवी अउर फिल्मन में छोट-छोट रोल से शुरुआत कइलन। उनके करियर के रफ़्तार साल 2014 में आइल फिल्म ‘क्वीन एंड कंट्री’ अउर टीवी शो ‘ग्लू’ से मिलल, जहवां दर्शकन उनके काम के देखलन अउर सराहलन।

साल 2018 में कैलम फैंटेसी ड्रामा फिल्म ‘फैंटास्टिक बीस्ट्स: द क्राइम्स ऑफ ग्रिंडेलवाल्ड’ में काम कइलन, अउर फेर साल 2022 में ‘फैंटास्टिक बीस्ट्स: द सीक्रेट्स ऑफ डंबलडोर’ आइल, जवना में थीसियस के रोल निभा के ऊ दुनिया भर में मशहूर हो गइलन। साल 2019 में मिस्ट्री सीरीज ‘द कैप्चर’ खातिर उनके ‘ब्रिटिश एकेडमी टेलीविजन अवॉर्ड’ में बेस्ट एक्टर के तौर पर सम्मानित कइल गइल। ओकरे बाद त मानिअ कि ऊ रुकबे ना कइलन अउर मिनी सीरीज ‘मास्टर्स ऑफ द एयर’, ‘द ब्वॉयज इन द बोट’ अउर ‘इटरनिटी’ जइसन बड़-बड़ प्रोजेक्ट में काम कइलन।

दुआ लीपा से छह साल बड़ हवें कैलम टर्नर

दुआ लीपा अउर कैलम टर्नर के रिश्ता साल 2024 के जनवरी महीना में शुरू भइल रहे। जून 2025 में दुनू जने अपने रिश्ता के ऑफिशियल घोषणा करत सगाई कइ लिहलन। रउआ बता दीं कि कैलम, सिंगर से उमिर में छह साल बड़ हवें। रिपोर्ट मानल जाय त दुआ लीपा के नेटवर्थ अपने पति से काफी ज्यादा बा। खबर ईहो बा कि लंदन में गुपचुप बियाह कइले के बाद ई जोड़ा इटली में एगो ग्रैंड रिसेप्शन रखे वाला बा, जवना में ढेर सारा हॉलीवुड स्टार अउर सिंगर शामिल होइहन। दुआ से पहिले कैलम टर्नर 4 साल तक एक्ट्रेस वेनेसा किर्बी के साथ डेट कइले रहलन।

Related Articles

Back to top button